Friday, May 1, 2009

सर्वश्रेष्ठ खलनायक कहईलन अवधेश मिश्रा



भोजपुरी सिनेमा के बैडमैन का नाम से मशहूर अवधेश मिश्रा के थम्स अप ईटीवी भोजपुरी फिल्म सम्मान समारोह २००८ में सर्वश्रेष्ठ खलनायक के सम्मान से सम्मानित कईल गइल. रंगीला बाबू फिलिम में कईल खलनायकी खातिर मिलल एह पुरस्कार के ऊ अपना महतारी के मंच पर बोला के उनुका आशीर्वाद का साथ लेके उपस्थित लोगन के दिल जीत लिहलन. अवधेश मिश्रा के लागल रहऽ ए राजाजी आजुकाल्ह सिनेमा हालन में धूम मचवले बिया। विधाता आ भोजपुरिया डॉन अबहीं आवे वाली बाड़ी सन.


साभार- अंजोरिया.com

भोजपुरिया खलनायक अवधेश मिश्रा


असल खलनायक ऊ हऽ जेकरा के पर्दा पर देखते पूरा हाल गरियावे लागे. जेकरा नाम पर केहू अपना बच्चा के नाम ना राखे चाहे. बाकिर उ कवनो सुपर स्टार से कम मशहूर ना होला. फिलिम के सफलता में ओकरो योगदान ओतने खास होला जतना कि कवनो चाकलेटिया हीरो के.
भोजपुरी सिनेमा के तीन गो मशहूर स्टार का संगे एगो खलनायको के नाम दर्शकन का जबान पर चढ़ गइल बा, अवधेश मिश्रा के. तीन साल का अपना फिल्मी कैरियर में अवशेध मिश्रा भोजपुरी फिल्मन में खलनायकी के एगो नया आयाम दिहले बाड़न.
'कहाँ जइबऽ राजा नजरिया लड़ाई के' खातिर सर्वश्रेष्ठ खलनायक के पुरस्कार जीत चुकल अवधेश मिश्रा बिहार के सीतामढ़ी जिला के हउवन. लड़िकाइयें से अभिनय के शौकीन अवधेश पहले र्गमंच पर आपन अभिनय क्षमता देखवलन. पहिले पटना रंगमंच पर फेरु दिल्ली रंगमंच पर. दस साल तक मुंबई में मशक्कत करिके फिल्म इण्डस्ट्री में आपन जगह बनवलन. पहिलका फिल्म 'दुल्हा अइसन चाहीं' में उनुकर खलनायकी देख के भोजपुरी सिनेमा के आपन कमी खतम होत लउकल आ ओकरा बाद से दर्जन भर फिलिम में अवधेश मिश्रा अपना खलनायकी के लोहा मनवा चुकल बाड़न. जइसे कि 'गंगा तोहार पानी अमृत', 'सुहाग', 'रंगीला बाबू' वगैरह.
अवधेश के आदर्श हिन्दी सिनेमा के मशहूर खलनायक प्राण हवन. अवधेश के तमन्ना बा कि भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री बालीवुडो से आगा जाव.
अवधेश मिश्रा के आवे वाला फिलिम बाड़ी स 'भोजपुरिया डॉन', 'विधाता', 'आपन माटी आपन देश,' 'बिहारी माफिया,' 'लागल रहऽ ऐ राजा जी'।

साभार - अंजोरिया.com

Awadhesh Mishra as kabaddi champion



Padma Iyer [December 29, 2008, 11:10:52 AM]
Awadhesh Mishra, one of the most popular villian in Bhojpuri industry, is lately not only playing kabaddi , but has also become a kabaddi champion. Not for real, but in bhajan singer producer Anup Jalota's next Bhojpuri film Wah Khiladi Wah. (His first film was Ganga Tohre Desh Me.)
"Yes, like my other movies, I am playing the role of main villain in this movie too, but this villain is not a cruel person; he is a kabaddi champion. He wants to marry the heroine (Sweetie) who loves the character played by Pankaj Keshri. My character invites Pankaj to play kabaddi with him with a challenge that the winner will walk away with Sweetie and loser will leave her," said Awadhesh.
Veteran actor Dara Singh is playing the role of the kabaddi coach in this movie. Other major roles are played by Pankaj Keshri, Manoj Tiger, Sweetie Chabra and Rahul Srivastav. Shooting is progressing on schedule. -->
सभी को आपके अपने अवधेश मिश्रा का नमस्कार